Font by Mehr Nastaliq Web

राजा के रंक

raja ke rank

अशोक द्विवेदी

अशोक द्विवेदी

राजा के रंक

अशोक द्विवेदी

और अधिकअशोक द्विवेदी

    राजा के रंक पर सवारी बा

    आदमी आदमी प' भारी बा

    केहू बोली हथकड़ी लागी

    हुकुम सबका के, सरकारी बा

    बेवस्था बा करइतन के घर

    घोड़ा घास के इयारी बा

    फूल पतइन में गजब बा दहशत

    डाढ़ि हँसुवा बा, जरी आरी बा

    एह आजादी के हमरा पीठी—

    करिया करिया परल रेघारी बा

    खून से, खून का बाटे नफरत

    आदमीयत प' कहर जारी बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : फूटल किरिन हजार (पृष्ठ 106)
    • रचनाकार : अशोक द्विवेदी
    • प्रकाशन : पाती प्रकाशन, बलिया
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY