Font by Mehr Nastaliq Web

जवानी कइसन

javani kaisan

काम देश के ना आवे ऊ जवानी कइसन।

राष्ट्र हित में ना जीये जिन्दगानी कइसन॥

देशवा से हम बानी हमरा से देशवा।

देला हिमालय हमके इहे सनदेशवा॥

होखे जेइमे ना रवानी ऊ पानी कइसन।

काम देश के...

छँहिया पथिक जवनी पेड़ की छँहाला।

देके उपहार फल, वृक्ष भी अघाला॥

दान देश हित ना देला ऊ दानी कइसन।

काम देश के...

सीमा पर डटल बाने जवन जवनवां।

केतना बहादुर बाने देश के ललनवां॥

जान देश हित ना देई ऊ बलिदानी कइसन।

काम देश के...

शेखर आजाद, भगत, झांसी के रानी।

वीर हमीद दिहने देश हित कुरबानी॥

बिना झांसी वाली रानी के कहानी कइसन।

काम देश के...

स्रोत :
  • पुस्तक : गँउवा के माटी अनमोल (पृष्ठ 79)
  • रचनाकार : रामबहादुर ‘अधीर पिण्डवी’
  • प्रकाशन : अखिल भारतीय भोजपुरी समाज, गोमतीनगर, लखनऊ
  • संस्करण : 2010

Additional information available

Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

OKAY

About this sher

Close

rare Unpublished content

This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

OKAY