Font by Mehr Nastaliq Web

देंह के रंग

denh ke rang

मिथिलेश ‘गहमरी’

मिथिलेश ‘गहमरी’

देंह के रंग

मिथिलेश ‘गहमरी’

और अधिकमिथिलेश ‘गहमरी’

    देंह के रंग जब कपूरी बा

    घाम ओढ़ल कवन जरुरी बा

    रात, जो पूर्णिमा के चाहीं तऽ

    चान के कद बढ़ल जरूरी बा

    हाथ दुनिया मिला रहल, बाकिर

    मन के भीतर अपार दूरी बा

    ऊँच सबका से बा मुड़ी ओकरे

    आज जेकरा में जी हजूरी बा

    हमरा पलकन लोर के मोती

    भर उमिर के इहे मजूरी बा

    आजो, कुछ लोग के पता नइखे

    देश में दिल्ली बा, मसूरी बा

    काँट से, काँट तऽ निकल जाई

    घाव खातिर, दवा जरुरी बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : केकरा से माँगीं अँजोर (पृष्ठ 19)
    • रचनाकार : मिथिलेश ‘गहमरी’
    • प्रकाशन : सत्यांश उपक्रम (प्रा.) लिमिटेड, बलिया
    • संस्करण : 2019

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY