Font by Mehr Nastaliq Web

कबो झील तितली

kabo jheel titli

जौहर शफियाबादी

जौहर शफियाबादी

कबो झील तितली

जौहर शफियाबादी

और अधिकजौहर शफियाबादी

    कबो झील तितली, कमल बन के आइल

    दरद जिन्दगी के, गजल बन के आइल

    कबो याद के आग, बेरंग झलकल

    कबो ताज जइसन, महल बन के आइल

    कबो लोर बिरहा के, पतझर के साखी

    कबो गंगा-यमुना के जल बन के आइल

    बड़ा नासमझ बा पड़ोसी अभागा

    बुतावे में घर के, खलल बन के आइल

    भरोसा का धन-बल, जवानी के कवनो

    कथा पूर्वजन के, कहल बन के आइल

    पपीहा के बोली ना, बिरहा में भावे

    कोइलिया के कुहुकल, गरल बन के आइल

    जहाँ राग अनहद, अलख के बा 'जौहर'

    उहाँ ज्ञान-गंगा, तरल बन के आइल

    स्रोत :
    • पुस्तक : रंगमहल (पृष्ठ 68)
    • रचनाकार : जौहर शफियाबादी
    • प्रकाशन : शिवालिक प्रकाशन, दिल्ली
    • संस्करण : 2019

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY