Font by Mehr Nastaliq Web

साँस खातिर बा

saans khatir ba

जगन्नाथ

जगन्नाथ

साँस खातिर बा

जगन्नाथ

और अधिकजगन्नाथ

    साँस खातिर बा सरगम बेगाना भइल

    जिन्दगी बस जिए के बहाना भइल

    गिरके उनका नजर से उठल बानी हम

    बानी सभका नजर के निशाना भइल

    लोर पीए के जनमे से लागल लकम

    अब का छूटी, निसा पुराना भइल

    उनका रोवला भइल एगो मुद्दत, बुला

    हमरा हँसला, यारे, जमाना भइल

    रउवा दीहीं दरद गजल देब हम

    गजल रउरा नाँवें बयाना भइल

    स्रोत :
    • पुस्तक : खुद के तलाशत (पृष्ठ 17)
    • रचनाकार : जगन्नाथ
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
    • संस्करण : 2015

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY