Font by Mehr Nastaliq Web

कही का, करी का

kahi ka, kari ka

सूर्यदेव पाठक ‘पराग’

अन्य

अन्य

सूर्यदेव पाठक ‘पराग’

कही का, करी का

सूर्यदेव पाठक ‘पराग’

और अधिकसूर्यदेव पाठक ‘पराग’

    कही का, करी का, चली कौन राहे

    अजीबे दशा बा भइल आदमी के

    पराया के आशा कइल छोड़, खुद पर

    उचित बा भरोसा कइल आदमी के

    जरल जे बना के स्वयं प्राण-बाती

    हवा के थपेड़ा सहल जिन्दगी भर

    हटल बा अन्हारा, भइल बा उजाला

    कहीं खून बाटे जरल आदमी के

    कबो हार होला, कबो जीत होला

    मगर हार माने कबो ना, बढ़े जे

    समय साथ देला, विजेता बनेला

    अकारथ ना होला चलल आदमी के

    लिखेला सभे एगो इतिहास आपन

    रचल जिन्दगी भर के होला कहानी

    चमकते रहेला युगन ले हमेशा

    सुयश ना भइल बा मइल आदमी के

    जगह छोट होखे, तबो हो सकेला

    गुजारा कइल आपसी दोस्ती से

    मगर आदमी आदमी तब बनेला

    जबे आसमाँ अस हो दिल आदमी के

    स्रोत :
    • पुस्तक : भंवर में नाव (पृष्ठ 25)
    • रचनाकार : सूर्यदेव पाठक ‘पराग’
    • प्रकाशन : प्रभात कुमार पाठक
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY