ओह दिन राती के हमरा गाँव में डाँकू के दल आइल
बाकिर केहू के ना धन लुटाइल
ना केहू के इज्जते पर खतरा आइल।
दोसर कुछ त ना ले गइले सन
बस अतने भइल कि संगीन के नोक पर
ऊ हमरे के उठा ले गइले सन।
आ फेरू दू दिन के बाद—
फिरौती के चिट्ठी तइयार कइले सन।
चिट्ठी में लिखल रहे—
अगर हफ्ता भर के भीतर पचास हजार रूपेया ना आई
त इनका के जीयत ना छोड़ाई,
इनकर लाशे भेंटाई।
बाकिर, एक हफ्ता, दू हफ्ता, तीन हफ्ता
इहाँ तक कि महीना ले बीत गइल
कवनो जवाब ना आइल
त डाँकू लोग घबराइल।
हमरा से पूछे लागल लोग—
हो भाई! तू के हउव?
जेकरा खातिर केहू के कवनो चाव नइखे?
का तोहरा घर में तोहार कवनो भाव नइखे?
हम कहनी—ना-ना अइसन बात नइखे
घर ही में ना समाजो में हमार पूरा भाव बा
जहाँ जाईं उहँईं हमार नाँव बा।
त पूछले सन—तू करेलऽ का?
हम कहनी जे हम भोजपुरी के प्रतिष्ठित कवि हईं।
इ बात सुन के ऊ मुस्कइले सन
आ रूपया वसूल करे के नया रास्ता धइले सन।
फेर चिट्ठी लिखाइल आ हमरा घरे भेजाइल—
अगर तू लोग एक हफ्ता के भीतर
एक लाख रुपिया ना देब त अगिला सोमार ले—
इनका के जियते घरे पहुँचा देब सन
आ तोहरा लोग के बुद्धि ठेकाने लगा देब सन।
चिट्ठी भेजला के तीसर दिने एगो अटैची में—
एक लाख रुपया हमरा घर से आ गइल
ओह दिन से अपना घर आ अपना समाज में
हमरा आपन कीमत बुझा गइल।
- पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 66)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
- संस्करण : 2013
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.