Font by Mehr Nastaliq Web

तीर करेजा के

teer kareja ke

मिथिलेश ‘गहमरी’

मिथिलेश ‘गहमरी’

तीर करेजा के

मिथिलेश ‘गहमरी’

और अधिकमिथिलेश ‘गहमरी’

    तीर करेजा के आर-पार भइल बा

    रोज के उनकर, रोजिगार भइल बा

    पर्दा के पीछे से दिल प' वार भइल बा

    सामने से 'बालि' कब शिकार भइल बा

    ई, त’ केहू के जरे-मरे के घरी हऽ

    उनका नजर में सिरिफ अन्हार भइल बा

    बाग में हर रंग, हर मिजाज के बा लोग

    धूर, दँवन, काँट कब बेकार भइल बा

    अइसे त’ दुनिया के चोट खूब बा, लेकिन

    रउरे दिहल घाव यादगार भइल बा

    काँहे के घिरना करीं नमाज, भजन से

    एगो रहे जे, उहे हजार भइल बा

    आगे बढ़ऽ, बढ़िके एके दिल से सहेजऽ

    नेह के चादर हऽ, तार-तार भइल बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : केकरा से माँगीं अँजोर (पृष्ठ 42)
    • रचनाकार : मिथिलेश ‘गहमरी’
    • प्रकाशन : सत्यांश उपक्रम (प्रा.) लिमिटेड, बलिया
    • संस्करण : 2019

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY