Font by Mehr Nastaliq Web

धर्म- मजहब प आ

dharm majhab pa aa

जौहर शफियाबादी

जौहर शफियाबादी

धर्म- मजहब प आ

जौहर शफियाबादी

और अधिकजौहर शफियाबादी

    धर्म- मजहब गइल रोटी

    नाच कइसन नचा गइल रोटी

    मान-सम्मान, मोल, मर्यादा

    भाव सब के घटा गइल रोटी

    भूख का धाम में मजदूरन के

    चाँन जइसन बुझा गइल रोटी

    बाढ़ में अगलगी में लोगन के

    मुँह के आइल छिना गइल रोटी

    बात इन्साफ के होइत, बाकी

    बीच में बाटे गइल रोटी

    टोला-टपरी से गाँव-नगरी ले

    चढ़के माथे बिका गइल रोटी

    आदमी का चबाई रोटी के

    आदमीयत चबा गइल रोटी

    संस्कारी के भूखऽ में 'जौहर'

    आके आगे लजा गइल रोटी

    स्रोत :
    • पुस्तक : रंगमहल (पृष्ठ 129)
    • रचनाकार : जौहर शफियाबादी
    • प्रकाशन : शिवालिक प्रकाशन, दिल्ली
    • संस्करण : 2019

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY