Font by Mehr Nastaliq Web

ना रहित झाँझर मड़इया

na rahit jhanjhar maDaiya

मनोज भावुक

अन्य

अन्य

मनोज भावुक

ना रहित झाँझर मड़इया

मनोज भावुक

और अधिकमनोज भावुक

    ना रहित झाँझर मड़इया फूस के

    घर में आइत घाम कइसे पूस के

    के कइल चोरी, पता कइसे लगी

    चोर जब भाई रही जासूस के

    आज लँगड़ो दरोगा हो गइल

    देख लीं, सरकार जादू घूस के

    ख्वाब में भलही रहे एगो परी

    सामने चेहरा रहे मनहूस के

    जे भी बा, बाटे बनल बरगद इहाँ

    पास के सब पेड़ के रस चूस के

    तूहीं ना तऽ जिंदगी में का रही

    छोड़ के मत जा 'भावुक' रूस के

    स्रोत :
    • रचनाकार : मनोज भावुक
    • प्रकाशन : हिन्दवी के लिए लेखक द्वारा चयनित

    संबंधित विषय

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY