Font by Mehr Nastaliq Web

बात पर बात होता बात

baat par baat hota baat

मनोज भावुक

अन्य

अन्य

मनोज भावुक

बात पर बात होता बात

मनोज भावुक

और अधिकमनोज भावुक

    बात पर बात होता बात ओराते नइखे

    कवनो दिक्कत के समाधान भेंटाते नइखे

    भोर के आस में जे बूढ़ भइल, सोचत बा

    मर गइल का बा सुरुज रात जाते नइखे

    लोग सिखले बा बजावे के सिरिफ ताली का

    सामने जुल्म के अब मुठ्ठी बन्हाते नइखे

    कान में खोंट भरल बा तबे तs केहू के

    कवनो अलचार के आवाज़ सुनाते नइखे

    ओद काठी बा, हवा तेज बा,किस्मत देखीं

    तेल भरले बा, दिया-बाती बराते नइखे

    मन के धृतराष्ट्र के आँखिन से सभे देखत बा

    भीम असली कि लोहा के, चिन्हाते नइखे

    बर्फ हऽ, भाप हऽ, पानी हऽ कि कुछुओ ना हऽ

    जिन्दगी का हवे, राज बुझाते नइखे

    दफ्न बा दिल में तजुर्बा बहुत, ‘भावुक’

    छंद के बंध में सब काहें समाते नइखे

    स्रोत :
    • रचनाकार : मनोज भावुक
    • प्रकाशन : हिन्दवी के लिए लेखक द्वारा चयनित

    संबंधित विषय

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY