Font by Mehr Nastaliq Web

ढिबरी के बाती

Dhibri ke bati

रमाकान्त मुकुल

रमाकान्त मुकुल

ढिबरी के बाती

रमाकान्त मुकुल

और अधिकरमाकान्त मुकुल

    साँझ होते

    पश्चिमी किनार पर

    उतर गइल सूरज

    मिटावे खातिर

    आपन दिन भर के थकान

    धरती दूनू हाथ उठा के

    भर लेहलस

    अपना गोदी में

    समा गइल सूरज

    धरती के आँचर में

    चरवाही से लौटत

    गइयन के खूर से

    उड़त धूरा में

    भुला गइल सूरज के जोत

    दिन भर

    एह पार से ओह पार

    आवत-जात नाव

    बन्हाये लागल किनार पर

    मलाहिन के बिटिया

    टूँगे लागल

    ढिबरी के बाती

    स्रोत :
    • पुस्तक : आँचर के टुकड़ा (पृष्ठ 12)
    • रचनाकार : रमाकान्त मुकुल
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY