Font by Mehr Nastaliq Web

लाख ना करोड़ आँखि में सजल बा एकता

laakh na karoD ankhi mein sajal ba ekta

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

लाख ना करोड़ आँखि में सजल बा एकता

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

और अधिकसतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

    लाख ना करोड़ आँखि में सजल बा एकता!

    हार फूल के सुगंध से भरल बा एकता!!

    एक डार पर हजार पंछियन के गोल बा

    मेल-जोल-बोल से चहक उठल बा एकता!!

    जात-धरम-भासा के बटखरा के फेंक दीं

    आदमी कहाँ बा तउल लीं धरल बा एकता!!

    तुलसी-एकबाल-संत कबिरा के भारत में

    प्रेम रीत गीरत से रचल-बसल बा एकता!!

    आपसी विरोध खाली आग ना बरुद

    देस ऊँ कहाँ रहल जहाँ मरल बा एकता!!

    एकता के जोत से अंधार में अँजोर बा

    देस गाँव हर गली, दीआ बरल बा एकता!!

    स्रोत :
    • पुस्तक : जल के धारा में दीयना (भोजपुरी गजल-संग्रह) (संकलन : अम्बदत्त गुंजन) (पृष्ठ 25)
    • रचनाकार : सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’
    • प्रकाशन : भारतीय भोजपुरी साहित्य परिषद, मुजफ्फरपुर
    • संस्करण : 1996

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY