Font by Mehr Nastaliq Web

का करीं?

ka karin?

तैयब हुसैन पीड़ित

और अधिकतैयब हुसैन पीड़ित

    जबकि

    समूचा दुनिया

    ताकतवर बम के मर्जी पर बा

    रिमोट कन्ट्रौल

    खिलौना-सन

    पराया हाथ

    जबकि

    अकाल बा रोटी के

    आपन

    मेहनतो नइखे

    अपना साथ

    जबकि

    बँटत जा रहल बा

    आदमी

    जात

    धरम

    भाषा संग

    बारीक टुकड़न में

    जबकि

    ऊब मेटावे खातिर

    हो रहल बा हत्या

    मनोरंजन बदे

    बलात्कार

    जबकि

    अपनहीं बानी

    ना रहला नियन

    तू

    ओहू से कमतर

    अइसन में

    सोचतानी

    अपना प्रेम-पत्र के

    का करीं?

    स्रोत :
    • पुस्तक : अनसोहातो (कविता-संग्रह) (पृष्ठ 75)
    • रचनाकार : तैयब हुसैन पीड़ित
    • प्रकाशन : शब्द संसार, पटना
    • संस्करण : 2011

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY